रविवार, 1 मई 2022

मेहरारू👩🏻‍🦰 के नाम एगो चिट्ठी💌


           एगो पतिदेव👨🏻‍🦰 द्वारा अपनी अर्द्धांगिनी (मेहरारू) को भोजपुरी में लिखा गया✍️ ज्ञान से परिपूर्ण पत्र💌.....



मेहरारू👩‍🦰 के नाम  एगो चिट्ठी💌


"डबलुआ  के माई प्रणाम🙏…. अउरी तू खुश रहs🥰


      उम्मीद करs तानी की तु एकदम पाकल पपीता🍋 जइसन मोटा के एकदम से पियरा गइल होखबूs…..


       हमरा पैंट के पाकिट से पइसा💰 चोरा-चोरा के दू चार थान गहना बनवा के टोला मोहल्ला में बता देले होखबू कि "नइहर से मिलल बा।” बाकी तू हमरा के जरूर मिस🥰 करत होखबूs….


    झगड़ा करे के जब-जब तोहार मन करत होइs तब-तब तहरा, हमार याद आवत होइs….


ई सब सोच के हमार करेजवां💗 तs…एकदम से हरि-हरिया जाला।


भले तहार मुंह ममता बनर्जी जइसन होखे बाकी हम तs तहरा के आलिया भट्ट के मौसी से कम ना समझेनी…..


भले ही तू तरह-तरह के किरीम पोत के अउर सतरह मिनट मेकअप कइके मारिया शारापोवा बना.. बाकि हमरा के तू सेरेना विलियम्स ही लागेलू…


अब खिसिया मत😡...देखा, आज हमरा तहरा बियाह के चार बरिश हो गईल…


जब नया-नया तू घर में उतरलू, तs बुझाइल की एतना शरीफ मेहरारु, रहनदार मेहरारू, तs लालटेन चटाई ले के दस गांवे खोजला पे ना मिली…


तहार समय से उठल, घर में सबके गोड़ लागल,🙏 माई बाबूजी के सेवा कइल…। हम दिने में सपना देखत रहनी की……


"कवना जनम के हीरा💎 दान कइले रहनी हs की हइसन रहनदार मेहरारु मिल गइल… 


एकदम इन्नर के परी👸 लेखा। लेकिन ई सब बात अब पुरान हो गईल तहार कुल रहन छूट गइल, अब तs सबै लोग डरे ला तोहसे।


बाकी धीरे-धीरे समय बीतत गइल.. तू रवीना टण्डन से कब राबड़ी देवी हो गइलू हमरा ना बुझाइल…..


चन्द्रमुखी👸 से सूर्यमुखी🌻 आ फेर ज्वाला मुखी🌋 कब हो गइलू ई तs हमरा पते न चलल..


धीरे-धीरे कब हम पत्नीव्रता पति हो गइनी इहो ना बुझाइल…


ई शोध के लमहर चाकर बिषय बा।


कब हम गोड़ (पैर) मिसवावत-मिसवावत तहार गोड़ मिसे लगनी… कब खाना खात-खात खाना बनावे लगनी… बर्तन मांज के झाड़ू लगावे लगनी पते ना चलल…..


खैर!!!! आज पता चलल हs कि तू हमार लमहर-चाकर जीवन खातिर करवा चउथ भूखल बाड़ू.. 


इ हमरा जान के खूब रोये😭 के मन करत बा..


मन करता कि लाउडस्पीकर लगवा के भर गांवे हाला कर दी कि... ए भाई लोग हमार डबलुआ के माई हमरा से बहुते परेम💗 करेले….


तू केतना कष्ट करतs बाड़ू हमरा खातिर…भले तू हमरा से झाड़ू लगवावेलू….कबो-कबो बर्तन भी मजवा ले लू… अउर-त-अउर आधी-आधी रतिया खानी उठ के कहेलू की “पाड़ा जईसन का पड़ल बाड़s, चली तनी गोडवा दबा दs"


बाकी हई हमरा से तहार कष्ट देखल नइखे जात....


हम इहे सोचत बानी कि रोज तू दिन में तीन हाली खालू। दिन भर हमरा पेयार💗 में कइसे भुखल रहबू…। 


तहरा ख़ातिर हमार एगो सलाह बाs भूख लागे त साबूदाना में बादाम अखरोट मिला के खा लीह। पिआस लागे त आँख मूंद के पानी डकार लीह।


अब भूखल बाड़ू त ठीक बाs, राती में खूब ठूंस के खूब नीक से सज-संवर के वीडियो कॉल करिहs.. हम तहरा के ऑनलाइन ही देख के आपन सरधा पूरा दे देब…. औरी तू चलनी में हमरा के देख के पानी पी के पारन कई लिहाs।


आ सुनअs आगे बड़ी परब त्यौहार बा.. दिवाली आई फेर छठ आई.. एह से एकही दिन जाके तनी ब्यूटी पार्लर में जवन-जवन पोतवावे के होइ तवन-तवन पोतवा लिहा…


तनी माई बाबूजी औरी डबलुआ के खेयाल रखिहाs... बाकी सब ठीक बा। सती माई, काली माई, ब्रहम बाबा, जीन बाबा, जटवहा बाबा, सोखा बाबा, हमनी के कुशल मंगल राखस।🙏


                           तहार हसबेंड👨🏻‍🦰

                          खदेरन मिसिर✍️


साभार:- सोशल मीडिया।

8 टिप्‍पणियां:

  1. Kya baat hai Bishwajeet bhai mehraru ke naam chitthi maja a Gaya... Ab ham log bhi jab shaadi karenge to Apne mehraru ke prati chitthi likhenge...❤️❤️ So beautiful lines 🙏

    जवाब देंहटाएं
  2. लाजवाब, सुपर, मस्त, बहुत खूबसूरत मनोरंजित

    जवाब देंहटाएं
  3. वाह , क्या कहने , बहुत ही सुन्दर । शब्दों और संवादो मे सुन्दर सामंजस्य ।

    जवाब देंहटाएं
  4. खूब मजा आइल पड़ें में

    जवाब देंहटाएं