मंगलवार, 7 जून 2022

बाजत बाs भोजपुरी में गन्दा गाना



बाजत बाs भोजपुरी में गन्दा गाना


बाजत बाs भोजपुरी में अइसन-अइसन गाना। 

राह चलन कठीन भइल, भागत बाड़ी जनाना।।  


केहु के बहिन त केहु के बेटी के नाम गावत बा लो।

आ कामाये खातिर भोजपुरी के, माटी में मिलावत बा लो।।


के हु स्टार तs के हूँ सुपर स्टार कहाई लोग। 

ओही खातिर गंदा आ अश्लील गाना गाई लोग ।।


साफ-सुधरा गावे वाला इज्जत आपन बचावे ले

बेपर्दा होके गावे वाला फर्चूनर दउरावेले ।।


भोजपुरी के इज्जत सगरो निलाम ई कइले। 

मान-मरयादा धूल में मिलल, अइसन गाना गइले।।


 शादीयो विवाह में गंदा गाना बाजेला।

आ लोगो कम नइखे, एही पर निर्लज होखे नाचेला।।

 

देखी समाज के कइसन ई रीत बा। 

पुछेब तs खराबे कहि हन, मन के भीतर प्रीत😍 बा।।


तबे तs आरकेष्टा में डाड़ ई चमकावे ले। 

आ घरे आ के भोजपुरी के अश्लीलता पर गरिआवे ले।।


ई दोहरा चरित्र से समाज होता भ्रष्ट बा। 

आ सिंगर का करिहें, पब्लिक जे मांगत बाs 

उ देवे में मस्त बा ।।


रोजे विवाद बाs गाना भोजपुरी पर-2 

काहे बाजे ला गाना होली में चोली पर।।


गावे वाला दोषी बाड़े तs रउरा कवन भगत बानी। 

 उ गाना निकालस तs रउरा काहे सुनत बानी।।


गंदा गाना गावला से बेटी बहिन ताबाह बाड़ी।

स्कूल-कॉलेज गइल मुश्किल गइल।

अइसन आज रोजगार भइल ।।


ढेला आ टेम्पू में इहे गाना बाजेला।

गाँव के ट्रेक्टर तs साउन्ड बढ़ा के भागेला।। 


पूजा होखे, तिलक होखे, चाहे होखे भासान। 

ऐपर नइखे कौनो प्रशासन के कामान।।


जेने देखी ओने त्राही-त्राही बाटे गाना से।

रउरा दरद का जानव, जा के पुछी राह चलत जनाना🤦🏻‍♀️ से।।


 केतना शरमिंदा होली, मुंह छीपा के भागेली। 

केकरा से उ दरद कहस, हनुमान जी के भाखेली।।


अभी समय बा चेत जाई, ना त भोजपुरी के सत्यानाश बा।

अइसन गंदा दौर चलल बा, बिहार के आन पर आंच बा।।


 गावे वाला के गावे दी, सुनल रउरा बन्द करी। 

तनिका रउरा टाइट होखी, सबन के रुउवा टंच करी।। 


फेर देखी शारदा सिन्हा, भरत शर्मा के गाना होखी। किशोर रफी के गाना बाजी, भोजपुरी सिरमौर होखी।।


 साफ-सुधरा भोजपुरी होखे, हमरो इ अरमान बा।

हे भोजपुरिया समाज आज, अमित के प्रणाम बा🙏🏻।।


अमित रंजन सिन्हा✍🏻

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें