मंगलवार, 7 जून 2022

दहेज लोभी के साथे, बेटी मत करीं विदाई।

श्रीगणेशाय नमः 🙏🏻



दहेज लोभी के साथे, बेटी मत करीं विदाई 




लड़का देखे गइनी हम त भोपाल। 

साथे रहेले साढू भाई नाम रहे गोपाल

 

भूख पिआस से तड़पत पहुच गईनी दुआरी 

घोपड़ास भाई के देख के इयाद आइल इयारी

 

जाते-जाते स्वागत में घोपड़ास भाई भेटइले। 

दौउर के लगे अइले, गले से लग गइले 


दु आदमी के बीच में चार गो बिस्कुट आइल 

दु गो मरले घोपड़ास भाई, दिमाग चकराइल 


एगो बिस्कुट खा के जान में जान आइल। 

एक ही गो हमरा साढू भाई के भेटाइल 


हे भगवान!!! कइसन आज हमरा घर भेटाइल बा

कहले लीस्ट दे दींहीं, घर में सब कुछ टाइट बा 


सौख पुरावेला दहेज लेवे के भाखल बा।

ना तs रउरा देख लीं, सगरी समान घर में राखल बा


नगद दे दी दस लाख, फर्चूनर एगो गाड़ी 

लइका बाड़ा शौखीन ह, बढ़वले रहेला दाढ़ी


 M.Tec. के पढ़ाई क के, जॉब में घोराइल बा। 

अपने बल पर पढ़ाई कइलस, बहुते पेराइल बा


कहनी गरीब बानी कल्यान कुछ करीं। 

लड़की हमार सुनर बिया, कही त गोड़ राउर धरी


तले परदा हटल मलकीनी दउर के अइली

हाथ मे काग़ज अउरी पेन के धरइली


कहली जलदी लिस्ट बनाई, तबे चाय पिआएब 

चक्कर-पकर मत करी, ना त घर से बहरी जाएब 


खाली हाथ विवाह करे में, सरम नाहीं आवेला 

आपन अवकात देख केनु बेटी जनमावेला 


साढू भाई भड़क गइले, भगले घर के बहरी

चली एजा बिआह ना होई, बेहुद्दा बाडन सन ई 


 दु गो रूम बनइले ना फर्चूनर इनका चाही 

जाई कवनो गदही से, बेटा आपन बिहाई 


चल देहनी ओजा से, करेजा गइल टुट 

रास्ता में भेटा गइले हमरो सार के पुत  


कहले फुफा जी ऐजा कंहा से अइनी 

अच्छा भइल उ भेड़ा के आपन बेटी नाही धरइनी


काम कुछुओ उ करे ना, खाली टीक-टोक बनावेला 

सतरे गो रोटी आ तेरे गो, फारावढा उड़ावेला


एक रुपिया के इनकम नइखे, कैमरा ले के घुमेला

सुअर कटिंग बाल कटवलस, पाड़ा अइसन झुमेला


ओकर हीस्ट्री हमरा से पुछती, हम पुरा बतइती

आ उ बेटा बेचवा के, भर मतलब गरीअइती 


दु-दु गो विवाह त सागाई के बाद टुटल बाs

जिनकर विवाह भइल, बुझी भाग उनकर फुटल बाs


एगो त भूखाइल रहनी, ऐने धक-2 करेजा करे 

जुग-जमाना देख के भझ्या भीतरे मन लागल डरे

 

सब कुछ जान बुझ के, विआह सेट रउरो करब

बेटी के बाप बानी, कौनो के गोड कबो ना परब

  

बेटी घर के इज्जत होली, इज्जते से कहीं जइहे

दहेज लोभियन के साथे, बेटी मत करेम विदाई 


दहेज बनल कैंसर बा, एतना जल्दी ना जाई

लोग दहेज खातिर बहु के, देता जाराई


एही से सतर्क रही, लोभी परिवार के छोड़ी 

साफ-सुधरा परिवार होखे, अमित ओहिजा रिश्ता जोड़ी


जय भोजपुरी - जय बिहार


अमित रंजन सिन्हा✍🏻

2 टिप्‍पणियां: