शनिवार, 13 अगस्त 2022

राखे लाs शान भोजपुरिया जवान।

 सबसे पहले सबके नमस्कार🙏 

फिर देखाइब चमत्कार💥


चाहे धरती से पूछs, चाहे अंबर से पूछs, 

चाहे सूरज से पूछs चाहे पर्वत से पूछs 

जाने ला दुनियां!!! माने ला दुनियां!!!

हउवें मरद के जुबान।

राखे लाs शान भोजपुरिया जवान।


हारे ना हिम्मत देखावे ला जलवां,

मजबूती आपन देखा बता देला हो।

टिक ना सके केहू ऐकरा आगे,

दुश्मन के छक्का छुड़ा देला हो।

रहेला ऐकर एगो अलगे पहचान -2

राखे लाs शान भोजपुरिया जवान।


देवभूमि धरती के गजबे बा हाल हो, 

देवतो भी आ के जहां ले ले अवतार। 

जननी आ जन्मभूमि जहां स्वर्ग से बढ़कर होला, सीमा पर सीना ताने वीर वंदे मातरम बोले।

वीर जवान कुर्बान करेले, 

हंसते-हंसते आपन प्राण।

राखे लाs शान भोजपुरिया जवान।


धन्यवाद🙏

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें