मंगलवार, 2 जुलाई 2024

बिहार के शादी-विवाहो में गाये जाने वाले भोजपुरी गीतों का संग्रह। (A Collection of Bhojpuri songs sung in weddings of Bihar.)



तिलक गीत

अक्षत देनी चढ़ावे के तऽ फांक गईल साड़वां।

आरे!!! फांक गईल साड़वां...

हमरा निमन भईया के बउराह मिलल साड़वां -२

हमरा निमन भईया के...


अक्षत देनी चढ़ावे के तऽ.....


गमछी मिलल चढावे के ऽ पेहन लेहलस साड़वां।

आरे!!! पेहन लेहलस साड़वां...

हमरा निमन भईया के नचनिया मिलल साड़वां -२

हमरा निमन भईया के...


साड़ी  मिलल चढावे के ऽ पेहने लागल साड़वां।

आरे!!! पेहने लागल साड़वां...

हमरा सुन्दर भईया के लौंडा मिलल साड़वां -२ 

हमरा सुन्दर भईया के...


सेवउवां मिलल चढावे के ऽ खाये लागल साड़वां।

आरे!!! खाये लागल साड़वां...

हमरा सुन्दर भईया के बउराह मिलल साड़वां -२

हमरा सुन्दर भईया के...


केला मिलल चढावे के ऽ खाये लागल साड़वां।

आरे!!! खाये लागल साड़वां...

हमरा सुन्दर भईया के पागल मिलल साड़वां -२

हमरा सुन्दर भईया के...


अक्षत मिलल चढ़ावे के तऽ फांक गईल साड़वां।

आरे!!! फांक गईल साड़वां...

हमरा सुन्दर भईया के बउराह मिलल साड़वां -२

हमरा सुन्दर भईया के...

*_*


जल्दी-जल्दी दे द साले कर जन लेटवां,

आरे!!! हाली-हाली दे द सरऊ कर जन लेटवां।

ऽ कहां बा दहेज़ के बुलेटवां -२


खाके ख़त्म कईले बाड़ऽ नाश्ता के प्लेटवां,

 खाके खाली कईले बाड़ऽ नाश्ता के प्लेटवां।

ऽ कहां बा दहेज़ के बुलेटवां।

ऽ कहां बा दहेज़ के बुलेटवां।

*_*


मारवां गीत

पापा हो जनक पापा कवना वनवां गईनी जी -२

कवना वन के बांसवा से मरवां छवइनी जी -२

कवना वन के बांसवा से...


बेटी हो दुलारी बेटी वृन्दावनवां गईनी हो -२

वृन्दावन के बाँसवा से मरवां छवइनी हो -२

वृन्दावन के बाँसवा से...


हरीश कैसे गड़ी जी हरीश कैसे गड़ी -२

पांचो भैया मिलिहे हरीश कैसे गड़ी -२

पांचो भईया मिलिहे...


हरीश हइसे गड़ी हो हरीश हइसे गड़ी -२

सब गोतियाँ मिलिहे हरीश हइसे गड़ी -२

पांच भईया मिलिहे हरीश तइसे गड़ी -२

सब गोतियाँ मिलिहे हरीश हइसे गड़ी -२

सब गोतियाँ मिलिहे...

*_*


आहे, उच्चे मड़उवा छवईह ऐ पापा उच्चे होई नामवां तोहार।

आहे, उच्चे मड़उवा छवईह ऐ चाचा उच्चे होई नामवां तोहार।

आहे, उच्चे मड़उवा छवईह ऐ भैया उच्चे होई नामवां तोहार।

आहे, बाँसवा कटहीअऽ पापा मड़वा छवईहऽ करीह सूरुज से अलोप -२


आहे, खाखर माड़वा छवईह जन ऐ पापा बरिसे लगिहे मेघ बड़ी जोड़ -२

आहे, बिना रे बदरिया के बरसेला मेघा भींगे लगिहे छैला मोड़ -२

आहे, माड़ो में भिगेंले आरे दूल्हा, कवन दूल्हा जब शुभ कारज होये -२

आहे, उच्चे मड़उवा छवईह ऐ पापा उच्चे होई नामवां तोहार।

*_*


हल्दी गीत

आरे!!! सोना के कटरोवां में पियर हरदिया उपरा हरिहर ढूभ -२

आरे!!! पहिला हरदिया चढावेनी पण्डित जी पीछे हो सकल परीवार -२

आरे!!! धीरे-धीरे हरदिया चढ़ाई ऐ पण्डित जी मोड़े बनी बानी बड़ी अति सुकुमार -२

आरे!!! चढ़ेला हरदिया हो बेटी के सिरवां युगी-युगी बढ़ेला सोहाग -२


आरे!!! सोना के कटरोवां में पियर हरदिया उपरा हरिहर ढूभ -२


आरे!!!  पापा चढ़ावे हरदी चाचा चढ़ावे, मामी रहेली हरषाए।

आरे!!! भैया चढ़ावे हरदी फूफा चढ़ावे, भाभी रहेली हरषाए।

आरे!!! मामा चढ़ावे हरदी जीजा चढ़ावे, चाची रहेली हरषाए।


आरे!!! सुन्दर धिहवाँ हो भईली सयानी आज चढ़े हरदी सिरमार -२

आरे!!! सोना के कटरोवां में पियर हरदिया उपरा हरिहर ढूभ -२

आरे!!! पहिला हरदिया चढावेनी पण्डित जी पीछे हो सकल परीवार -२

*_*


आजु जनकपुर में मारवां बड़ा सुहावन लागे -२

सीता के चढ़ेला हरदीयां मन भावन लागे -२

शोर भईले सगरी महलीयां बड़ी लुभावन लागे -२

सीता के चढ़ेला हरदीयां मन भावन लागे -२

*_*


गाली

कहवां के सिलवट, कहवां के लोढ़ा हो, कहवां के लाल मरीचाई हो।

ऐ हो, कहवां के लाल मरीचाई हो...


छपरा के सिलवट, आरा के लोढ़ा हो, यूपी के लाल मरीचाई हो।

ऐ हो, यूपी के लाल मरीचाई हो...


लाल मरीचाई हलाहल के पिसाई हो, सरऊ के चुतर पर छपाई हो।

आए-हाय, सरऊ के चुतर पर छपाई हो...


जबे छपाई उनके तबे परपराई हो, भगीहें तऽ भागलो ना जाई हो।

ऐ हो देखिये के बड़ी मज़ा आई हो...

*_*


लोटा लिहलअऽ, थरियां लिहलअऽ, हांडा लिहलअऽ समधी -२

हई बेलनवाँ लिहले जा -२

अपना बहिन खातीर मोटका बेलनवाँ लिहले जा।

अपना दीदियाँ खातीर लामका बेलनवाँ लिहले जा।


मुरई खईलअऽ, भिन्डी खईलअऽ, गाजर खईलअऽ समधी -२

हई बैंगनवां लिहले जा -२

अपना बहिन खातीर लामका बैंगनवां लिहले जा।

अपना बहिन खातीर मोटका बैंगनवां लिहले जा।


कूलर लिहलअऽ, टी.वी. लिहलअऽ, ए.सी. लिहलअऽ समधी -२

हई हीटरवां लिहले जा -२

अपना बहिन खातीर गरम हीटरवां लिहले जा।

अपना बहिनी के नापेला मीटरवां लिहले जा।

*_*


लाल मरिचा, हरिहर मरिचा, मरिचा बड़ी तीत बाऽ -२

कवन साले के दिदिया के अनार बड़ा मीठ बाऽ।

*_* 


घोटअऽ... घोटअऽ...

घोटअऽ घोटअऽ ऐ सार आम🥭 घोटअऽ हो, घोटअऽ घोटअऽ -२

चटनी अचार घोटअऽ, मरिचा झरार घोटअऽ, रइता खाटार घोटअऽ, कटहल रसदार घोटअ

घोटे-घोटे में जनको ना तु कचोटह हो।

घोटअऽ... घोटअऽ...


चित घोटअऽ, पट घोटअऽ उलट-पलट घोटअ

होखे करवट साले ख़ूब गट्टागत घोटअ

घोटअऽ हई लामका सोंटा हो।

घोटअऽ... घोटअऽ...

घोटअऽ घोटअऽ ऐ सार आम🥭 घोटअऽ हो, घोटअऽ घोटअऽ -२

*_* 


विवाह गीत

केकर अंगना हो तुलसी के पेड़वा केकर अं..ग..ना.. -२

सीता फुल लोढे चलली केकर अंगना -२

दशरथ अंगनावां हो तुलसी के पेड़वा, कौशल्या अंगना -२

सीता फुले लोढ़े चलली कौशल्या अंगना -२


फूलवां लोढ़ीऐ-लोढ़ीऐ भरेली चंगेलिया की चलिये भईली ना -२

करे गौरी पुजनवां की चलिये भईली ना -२

ओही रे बग़ीवां में तुलसी के पत्तवा ओही रे पत्तवा ना -२

सीता भोगवां लगवली ओही रे पत्तवा ना -२


विष्णु जी के भावे ला हो तुलसी के पत्तवा बिना रे पत्तवा ना -२

होला उनकर ना पुजनवां बिना रे पत्तवा ना -२

*_*


सब केहु देखले बावें अज़ोरा में निहार के -२

का हम चली ऐ सासु आँचर सम्हार के।

का अब चलस ऐ बुड़ी आँचर सम्हार के।

का अब चलस ऐ बुड़ी...


वीडियोग्राफी वाला देखऽ ले लाईट बाड़ के -२

का हम चली ऐ अम्मा घुंघटा सम्हार के।

का अब चलस ऐ बुड़ी आँचर सम्हार के।

का अब चलस ऐ बुड़ी...

*_*


इमली घोतावन

मामा हाली-हाली,

मामा हाली हाली ईमली घोताव ऐ मामा, मामा हाली हाली -२

जइसन बकरी के पोंछ ओहिसन मामा जी के मोंछ मामा हाली हाली।

मामा हाली हाली ईमली घोताव ऐ मामा, मामा हाली-हाली -२


जइसन गंगा जी के बालू ओहिसन मामा हमार चालु मामा हाली हाली।

मामा हाली हाली ईमली घोताव ऐ मामा, मामा हाली-हाली -२


ईमली घोतावे अईले फालना के मामा -२

गिर गईल रुपिया लज्जा गईले मामा -२

ईमली घोतावे अईले...


फेरु आवं, फेरु आवं आरे!!! फालना के मामा -२

आरे!!! हम देब रुपिया लुटवले जईहअऽ मामा -२

ईमली घोटाई लेके जईहअऽ तु हू मामा -२

आरे!!! हम देब रुपिया लुटवले जईहअऽ मामा -२

आरे!!! गिर गईल रुपिया लज्जा गईले मामा -२


मामी के सैंडिलवां पहिन के आ गईले मामा -२

आरे!!! देख लेहलस लोगवां लज्जा गईले मामा -२

मामी के सैंडिलवां पहिन के आ गईले मामा -२

आरे!!! हँस लेहलस लोगवां लज्जा गईले मामा -२

आरे!!! गिर गईल रुपिया लज्जा गईले मामा -२

आरे!!! हम देब लुटवले जईहअऽ मामा -२


परिछावन गीत

केने बाड़े आपन पापा चिन्हस दामाद हें -2

इहें हवें की दोसर हवें -2

परछी की ना हें।

इहें हवें की दोसर हवें, परछी की ना हें।

इहें हवें की दोसर हवें...


छोटी-मोटी सास बाड़ी, लम्हर दामाद हें -

तनियां सा निहुरअऽ ऐ बबुआं -२

परछी की ना हों। -२

तनियां सा निहुरअऽ ऐ बबुआं...

*_*


छोट बाड़ी मोट बाड़ी होंठ रंगेले बाड़ी -२

बुझ जईहऽ दुल्हा उहें तोहर सरहज बाड़ी -२

छोट बाड़ी मोट बाड़ी...


अंगना में महंगा लहंगा पेहन के आईल बाड़ी -२

आरे!!! बुझ जईहऽ दुल्हा उहें तोहर साली बाड़ी -२

अंगना में महंगा लहंगा...


माथ के लुगा डार में खोश के बिजी ज्यादा जे बाड़ी -२

बुझ जईहऽ दुल्हा उहें तोहर फुआ बाड़ी -२

माथ के लुगा डार में...


सट के तोहड़ा जोड़े जे हो रील बनावट बाड़ी -२

ऽ, बुझ जईहऽ दुल्हा उ हेऽ लहुरी साली बाड़ी -२

सट के तोहड़ा जोड़े...

 *_*


चुमावन गीत

अगल से चूमहई भाभी बगल से चूमहई हो,

आरे!!! भैया लोगे छुवल जोबना माथे जन छुवहई हो।

*_*


कन्यादान गीत

आरी, छोटी चुकी से पोसी के हमरा के पापा तु सयान कईलअऽ हो -2

पत्थर करेजावां बनाई के धिया आपन दान कईलअऽ हो -2

*_*


कांचे आमवां तुड़लह हो पापा बगिया कईलहऽ हो सुनावां,

आरे!!! सुन्दर धिहा विहलहऽ ऐ पापा अंगनावा कईलहऽ हो सुनावां।

कांचे आमवां तुड़लह हो पापा हई बगिया कईलहऽ हो सुनावां...

*_*


बाबा कवने नगरिया जुआ खेललऽ

कि हमरा के हारि अ‍इलऽ, हमरा के हारि ह‍इलऽ


बेटी अवध नगरिया जुआ खेललीं तऽ

तोहरा के हारि अ‍इलीं, तोहरा के हारि अइलीं ।


बाबा कोठिया-अँटरिया काहे ना हरलऽ

कि हमरा के हारि अ‍इलऽ, हमरा के हारि ह‍इलऽ


बेटी कोठिया-अँटरिया हमार लछिमी तऽ

तू हऊ पराया धन तू हऊ पराया धन ।


बाबा भैया-भ‍उज‍इया काहें ना हरलऽ

कि हमरा के हारि अ‍इलऽ, हमरा के हारि ह‍इलऽ


बेटी पुतवा-पतोहिया हमार लछिमी तऽ

तू हऊ परायाधन-तू हऊ परायाधन ।


बाबा ग‍ईया-भँइसिया काहे न हरल कि

कि हमरा के हारि अ‍इलऽ, हमरा के हारि ह‍इलऽ


बेटी ग‍ईया-भँइसिया हमार लछिमी तऽ

तू हऊ पराया धन तू हऊ पराया धन।

*_*


का देखि बाबा हे आसन मारे लीले, का देखि कईनी व्यहार -२

का देखि बाबा रउआ धिहा संकल्प लिहनी, के राउर हरेला विचार जी -२

कुल देखि बेटी हो आसन मरनी, घर देखि बदलल व्यहार।

वर देखि बेटी हो धिया विसरवनी, तुही हमार हर लेहलू विचार हो -२


नदिया के तीरे-तीरे घुमेनी जनक राजा सिरिजा दहाइल जास हो -२

सिरिजा के खोली जब देखले जनक राजा सिरिजा में कन्या कुवांर हो-२

आमवां, महूईया के दुधवो ना होला, ईमली के दूधवां बहुत हो,

ईमली के दुधवां पिआई के हम पोसब राखब सिया सुन्दर नाम हो -२  

*_*


कथी के चटईया पापा हो बिछवले बाड़अऽ 

हमरो के बईठवले बाड़अऽ हो-२

कथी के करेजवां पापा हो बनवले बाड़अऽ 

हमरो के विसरवले बाड़अऽ हो। -२


कुश के चटईयां बेटी हो बिछवले बानी

आरे!!! तोहरो के बईठवले बानी हो -२

काठी के करेजवां बेटी हम बनवले बानी

आरे!!! तोहरा के विसरवले बानी हो। -२


तोहरे पोखरवां के एक ही मछरीया बानी, 

काहे ना सहेजहऽ ताड़ हो।

कई के कन्यादान अपना बेटिया के, 

पापा काहे तेजअ ताड़ हो।


दुनिया के रीत इहे बाटे बेटी, 

ऐही से ना सहेजतानी हो -२

कईके कन्यादान हम तोहरा के, 

ऐही से तेज तानी हो -२


हो....हो...हो....ह्म्म्म..हम्म...


पड़ते सिंदुरवा पापा तोहरो धिया, 

दूर तोहसे होईये जईहे हो -२

केतनो बोलाईबऽ तु दुलारी बेटी के, 

फेरु नाही आईहे नु हो -२


इहे सोची-सोची बात अंखिया से, 

लोड़वां झर-झर झरेला हो -२

केतनो मनाई बेटी मानवां के,

तबो ना धीर धरेला हो 

*_*


सिंदूर दान गीत

सेनुरा लगईह ऐ दुल्हा सोची विचार हो,

इहे सेनुरा हवें ऐ बाबु जीवन के आधार हो।

इहे सेनुरा हवें ऐ बाबु...

*_*


सोने के सिन्होरवां लिहले, अम्मा बाड़ी खाड़ हो -२ 

खोलअऽ बबूवां पालकी केवरियाँ -2

मंगिया बहोरबऽ हें।

खोलअऽ बबूवां पालकी केवरियाँ...


कईसे के खोली अम्मा, पालकी केवरियाँ हें -२

मोरे जांघवाँ ओलरल बाड़ी, मोरे जांघे ओलरल बाड़ी 

सासु जी के धिहवां हें।

मोरे जांघवाँ ओलरल बाड़ी...

*_*


कई कोस चमकेला आरे!!! सोना के सिन्होरवां,

कई कोस चमके लिलार हो।

अंगना में बईठे ली आरे!!! बेटी हो कवन बेटी,

बईठे ली बाबा के जांघ हो।


दश कोस चमकेला आरे!!! सोना के सिन्होरवां,

बीस कोस चमके लिलार हो।

अंगना में बईठे ली आरे!!! बेटी हो सिया बेटी,

आरे!!! बईठे ली पापा जी के जांघ हो।

*_*

 

मारवां खोलाई गीत

बांधी के खोलाई समधी मांगे समधिनिया हो -२

माड़वां में भीड़ भईल भाड़ी, बड़ा रंगदार समधी।

माड़वां में भीड़ जुटल भाड़ी, बड़ा रंगदार समधी।


बांधी के खोलाई समधी मांगे समधिनिया हो...


खड़े-खड़े मोच्छीयां पर ताव देले समधी साहब -२

ना चाही रेडिओ, घड़ी, गाड़ी!!! बड़ा रंगदार समधी।

माड़वां में भीड़ भईल भाड़ी, बड़ा रंगदार समधी।


ना लिहले गईया हो, ना लिहले भईसियां हो -२

ना लिहले रुपिया हजारी, बड़ा रंगदार समधी।

माड़वां में भीड़ लागे भाड़ी, बड़ा रंगदार समधी।


ना लिहले गगड़ा हो, ना लिहले परतीयां हो -२

ना लिहले लोटा औरी थाली, बड़ा रंगदार समधी।

माड़वां में भीड़ जुटल भाड़ी, बड़ा रंगदार समधी।


बांधी के खोलाई समधी मांगे समधिनिया हो -२

माड़वां में भीड़ भईल भाड़ी, बड़ा रंगदार समधी।

माड़वां में भीड़ भईल भाड़ी, बड़ा रंगदार समधी।

बड़ा रंगदार समधी...

*_*


विदाइ गीत 

बहे पुरवईआ हो पापा डोलेला हो पतईआ,

आरे!!! बहे पुरवईआ हो चाचा डोलेला हो पतईआ।

रोवेली सुन्दर हो बेटी पापा जी के हो गोदिया,

आरे!!! रोवेली सुन्दर हो बेटी चाचा जी के हो गोदिया।


आरे!!! हमके जन विसरइहऽ हो पापा,

पराया जन हो करीहऽ। 

आरे!!! हमके जन विसरइहऽ हो चाचा,

पराया जन हो करीहऽ। 


आरे!!! चुपऽ होखह चुपऽ हो बेटी, 

पटोरहवां पोछह हो लोड़वा

आरे!!! चुपऽ होखह चुपऽ हो बेटी, 

पटोरहवां पोछह हो लोड़वा


आरे!!! डूबते किरणीयां हों बेटी,

भेजइबोऽ मार हो सालवां -२

आरे!!! फूटते किरणीयां हों बेटी,

बोलाईबोऽ सुन्दर हो धीहवां।

आरे!!! फूटते किरणीयां हों बेटी,

बोलाईबोऽ आपन हो धीहवां।

*_*


कन्या उतराई गीत

भारी-भारी लोढ्वा लेले अम्मा बाड़ी खाड़ हो,

खोलअऽ बाबू पलकी केवरियाँ -2

मंगिया बहोरबऽ हो।

खोलअऽ बाबू पलकी केवरियाँ...


कईसे में खोली अम्मा पलकी केवरियाँ हो...

मोरे जांघे ओलरल बाड़ी सासु जी के धिहवां हो।

मोरे जांघे ओलरल बाड़ी ससुर जी के धिहवां हो।

मोरे जांघे ओलरल बाड़ी... 

*_*

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें