मुरझाईल फूलवा🥀, लागे ला महके🌹,
चंचल चिरईया मन के लागे ले चहके🐥।
दीया, मन में पिरितिया के जर🪔 जाला,
जब केहू दिल💓 में उतरs जाला।
नीक नहीं लागे ला केहू के बतिया🗣️,
हर जगे लउके बस उहे सुरतिया👱🏻♀️।
दोसरा में बस जाला, आपन प्राणवाँ🥰।
जियरा ना माने ला अपने कहानवाँ,
केतना आस मन के घवद पर फर जाला,
जब केहू दिल💓 में उतरs जाला।
आसान नाही होला, ई नेहिया💕 के काम।
सुख-चैन सब कुछ, हो जाला नीलाम।
लागे ना भूख-प्यास, कौनो भी बेला।
लोग अपने ही घर में, हो जाला अकेला🥲।
नैन हँसते-हँसते, लोरवा😢 से भर जाला.
जब केहू दिल💓 में उतरs जाला।
साभार - सोशल मीडिया
बहुत सुंदर भईया
जवाब देंहटाएं